बलिया न्यूज (शनिचर, 12 सितंबर 2015)
  • समाजवादी नेता लोग के लड़ाई में बलिया के आम आदमी के फजीहत होखत बा. शुक का दिने बलिया जिला के कई कस्बा में व्यापारी बलिया के लक्ष्मण गुप्ता के गिरफ्तारी का खिलाफ बाजार बंद रखलें. दोसरा तरफ नारद राय का मौजूदगी में व्यापारियन के सभा क के मालगोदाम रोड पर एगो दुकान लूटे वाला आ दुकानदार के घवाहिल करे वालन के गिरफ्तारी के माँग कइल गइल ओह दिन दुकानदारन का तरफ से फायरिंग क के कई लोग के घवाहिल कर दीहल गइल रहुवे आ घवाहिले लोग पर दुकान लूटे के केस दर्ज करा दीहल गइल बा. गनीमत अतने बा कि घवाहिलो लोग का शिकायत पर गोली चलावे वालन का खिलाफ मुकदमा लिख लिहले बिया पुलिस. भाजपा शुक का दिने सभा क के प्रशासन के चेतवलसि कि अगर नारद राय का इशारा पर भाजपा समर्थकन के परेशान करे के काम होखी त भाजपा के आर पार के लड़ाई लड़े खातिर मजबूर हो जाए के पड़ी. एक हप्ता से चलत बवाल का बाद बियफे रात आईजी अमरेन्द्र प्रताप सिंह सेंगर बलिया चहुँपले आ पुलिस प्रशासन हर हाल में कानून व्यवस्था बनवले राखे.
  • बिजली के किल्लत बलिया के लोग के आपसे में मारपीट करे का हद ले चहुँपा दिहले बावे. काल्हु शुक का दिने छाता आ फुलवरिया गाँव के लोग आपसे में भीड़ गउवे अपना अपना गाँव के बिजली बनावे ले के. छाता के एगो नवही अपना गाँव के बिजली ठीक करावे खातिर फुलवरिया के रहे वाला लाइनमैन के फोन कइलसि त ऊ मना कर दिहलसि. जवना का बाद बात बढ़ गइल आ छाता के लोग फुलवरिया आ के ओह लाइनमैन के पिटाई करे लगलन. एकरा बाद फुलवरियो के लोग भीड़ गइल. एह बीच फायरिंगो होखे के खबर बा. जिला भर में बिजली के किल्लत आ अन्धाधुंध कटौतौ से लोग बिलबिला गइल बा.
  • चार दिन पहिले बैरिया इलाका के एगो व्यापारी के किडनैप भइला का बादो अबले कवनो सुराग नइखे मिलल पुलिस के. ओह व्यापारी के नंबर सर्विलांस पर राखल गइल बा बाकिर मोबाईल बंद मिलला से कुछ थाह नइखे लागत.
  • आजमगढ़ के अतरौलिया इलाका के बैसपुर गाँव से चार दिन पहिले किडनैप भइल एगो लड़िका का जगहा पुलिस दोसरे लड़िका के बरामदी देखा दिहलसि आ असल किडनैप लड़िका के मामिला के झूठ बना दिहलसि. एह बात से नाराज गाँव वाले बवाल क दिहले आ ओह व्यापारी के राइस मिल फूंक दिहले जवना पर किडनैप करे के आरोप लगावल जात बा.
  • 15 तारीख से चंदौली में सेना बहाली के रैली करे के इजाजत प्रशासन से मिल गइल बा. रैली शहीद कैप्टन विजय प्रताप सिंह कालेज का परिसर में करावल जाई आ एह रैली में चंदौली के अलावे वाराणसी, सोनभद्र, मिर्जापुर, जौनपुर आ भदोही जिला के नवही शामिल हो सकीहें.
  • काशी विद्यापीठ से एमएड करे वालन के अब पचासी हजार रुपिया फीस देबे के पड़ी. पहिले विद्यापीठ में ई कोर्स ना चलत रहुवे बाकिर अब स्व वित्त पोषित कोर्स का रूप में एकरा के चलावे के फैसला लीहल गइल बा.
  • यूपी के दबंग घोटालेबाज यादव सिंह के नाता राजनीति के दरबार से ले के कार्पोरेट कंपनियन के बोर्ड तक से रहुवे. सीबीआई जाँच में खुलासा होखे लागल बा कि कंपनी बना बना के यादव सिंह अपना राजनीतिक आका लोग के बेतहाशा फायदा चहुँपवले जवना चलते मायावती सरकार से ले के अखिलेश सरकार ले उनकर हनक बनल रहल आ करोड़ोें के खेल ऊ आराम से खेलत रहल. अब यादव सिंह से लेन देन करे वाली कंपनियन के खाता चेक कइल जा रहल बा जेहसे कि यादव सिंह के करिया कमाई के सोता पता लाग सको.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *