बलिया न्यूज, 07 अप्रैल 2016

माथा में लागल गोली से पतोह के मरला का बाद बसपा सांसद नरेन्द्र कश्यप आ उनुका मेहरारू आ बेटा के गाजियाबाद पुलिस दहेज मुकदमा में गिरफ्तार कर लीहले बिया.

मौत के कारण बनल गोली के चलावल से अबहीं ले तय नइखे हो सकल. खुदकुशी ह कि हत्या से अबहीं ले पता नइखे बाकिर पतोह के नईहर के लोग दहेज ला प्रताड़ित करे के के लिखववले बा.

पूर्व सांसद बब्बन राजभर के बहुजन समाज पार्टी से निकाल दीहल गइल बा एह बात के एलान बियफे का दिने बसपा कोआर्डिनेटर मदन राम बलिया में क दीहलन. बाकिर बब्बन राजभर के कहना बा कि उनुका खिलाफ भइल कवनो कार्यवाही के जानकारी नइखे.

डॉक्टर राममनोहर लोहिया समग्र ग्राम्य विकास योजना में जौनपुर जिला के 215 गो गाँवन के शामिल कइल गइल बा. ई जानकारी जौनपुर के जिलाधिकारी पत्रकारन के दीहलन.

बलिया जिला के नरही इलाका के फिरोजपुर गांव में फिरोजपुर गांव में बुध का रात लागल आग से एगो बुढ़िया के मौत हो गइल. 8 गो मँड़ई राख हो गइली सँ.

बलिया: जिला महिला अस्पताल में लावारिस हाल में भरती एगो मेहरारू के हालत बिगड़ला पर अस्पताल अधीक्षिका दू गो वार्ड कर्मचारियन का साथे ओकरा के बीएचयू भेजवा दिहली. एह नेक काम में गइल दुनू कर्मचारियन के ओहिजा बन्हक बना लिहला के खबर बा. ओहिजा के डाक्टर आ कर्मचारी सुविधा शुल्क वसूलल चाहत बाड़न. मामिला एसपी के बता दीहल गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।