बलिया न्यूज, 28 मई 2016

गोरखपुर में काल्हु केन्द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्मृति ईरानी, जहाजरानी अउर परिवहन राज्य मंत्री पी. राधाकृष्णन, आ गोरखपुर से भाजपा सांसद योगी आदित्य उज्जवला योजना के शुरूआत करवलें. एह याजना में गरीब परिवारन के बिना कवनो देम लिहले रसोई गैस के कनेक्शन दिहल जा रहल बा. एह मौका पर 25 गो गरीब परिवारन के गैस कनेक्शन बाँटल गइल.
काल्हे अउरिओ जिलन में एह योजना के शुरूआत करावल गइल. कानपुर के सांसद डॉक्टर मुरली मनोहर जोशी, चित्रकूट से भाजपा सांसद भैरो प्रसाद मिश्र, खीरी से सांसद अजय मिश्र टेनी, सुल्तानपुर से सांसद वरूण गांधी, आ जौनपुर जिला के मछली शहर से भाजपा सांसद राम चरित्र निषाद अपना अपना इलाकन में एकर शुरूआत करवलें.

काल्हु आइल आन्ही पानी में कई जगहा भइल हादसन से नाहियो त एक दर्जन लोग के मरला के खबर बा. गोरखपुर, देवरिया, अमेठी, प्रतापगढ़, जौनपुर, भदोही वगैरह जगहन से हादसा के खबर बा. कहीं ठनका गिरल त कहीं गाछ. आ कहीं घरे भहरा के गिर पड़ल.

राज्यपाल राम नाईक काल्हु सपा सरकार के भेजल तीन गो नाम के राज्य विधान परिषद के विधायक मनोनीत करे के मंजूरी दे दिहलन. ई लोग ह डॉक्टर राजपाल कश्यप, अरविन्द सिंह, आ डॉक्टर संजय लाठर.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..