बलिया बिल्थरारोड में भक्ति जागरण समारोह

बलिया के बांसडीह में चौधरी चरण सिंह तिराहा से सटले सोनाडीह मोड़ का लगे भइल भक्ति जागरण समारोह में बिल्थरावासी रात भर भक्ति गीतन पर झुमलें. गायिका सोनी सिन्हा आ गायक किरण कुमार के गावल बोजपुरी भक्ति गीतन के तान पर समारोह में मौजूद नवही झुम के नचलें. गायिका रीतू राय, गायक किरण महिपाल, त्रिकाल प्रभाकर वगैरह अउरिओ गायक गायिका अपना गायकी से सुनेवालन के मन मोह लिहलन.

कार्यक्रम के शुरुआत नपं चेयरमैन दिनेश गुप्ता फीता काट के कइलन. एकरा बाद विधिवत मां भवानी के पूजा आरती का बाद भक्ति जागरण गवनई के शुरुआत कइल गइल. व्यवस्थापक रहलन मरछू मौर्य आ अमरजीत सिंह.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।