बलिया में एटीएम कार्ड बदल कर रुपिया चुरावे वाला दू जने पकड़इले

बलिया में दोसरा के एटीएम कार्ड चोरा के रुपिया निकाल लेबे वाला गिरोह के दू जने के जनता पकड़ि के पुलिस के सँउपलसि. बतावल जात बा कि ई लोग झाँसा पट्टी दे के दोसरा के एटीएम कार्ड बदल देत रहुवे आ बाद में ओकर रुपिया निकाल लेत रहुवे. अइसने एगो भुक्तभोगी आज स्टेट बैंक का शाखा में आपन एटीएम बन्द करावे चहुँपल त ओह धोखेबाजन के पहिचान लिहलसि जे आजु ओकरे खाता से पइसा निकाले चहुँपल रहले. ओह दू जने के जनता पकड़ि लिहलसि आ कोतवाली पुलिस के हवाले कर दिहलसि. ओह में से एगो आदमी शहर के एगो प्रतिष्ठित संस्थान के मालिक का परिवार के निकलल. पुलिस पूरा मामिला के तहकीकात करत बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..