बलिया में छह लाख के गहना लूटाइल

बलिया के नगरा कसेसर मार्ग पर बियफे का साँझ कुछ मोटरसाइकिल सवार अपराधी एगो सर्राफा व्यापारी से छह लाख के गहना लूट ले गइलें. ऊ व्यापारी कसेसर चट्टी पर आपन दुकान बंद कर के घरे जात रहुवे जब चचयां गांव का सोझा ऊ बदमाश उनका के घेर लिहले आ फायर कर के ओह व्यापारी के डरा के उनका मोटरसाइकिल का डिक्की में राखल गहना लूट ले गइले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।