बलिया में जीप गाछ से टकरइला का चलते दू जने के मौत

बेरुआरबारी मनियर रूट पर चले वाला एगो जीप काल्हु तारडिला स्कूल का लगे बेकाबू हो गइल आ सड़क का किनारे एगो गाछ से टकरा गइल. एह जोरदार टक्कर में जीप के परखचा उड़ गइल आ ओह पर सवार दू जने के मौत हो गइल. मरे वालन में अधिवक्ता अवधबिहारी पाण्डेय आ मुन्ना सिहं रहलें. एकरे अलावे सात जने अउर घवाहिल बाड़ें. अधिवक्ता के मौत त ठाँवे पर हो गइल रहे आ मुन्ना सिंह के बलिया रेफर कइल गइल जहाँ इलाज का दौरान उनकर मौत हो गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।