बलिया में तेल भंडार होखे के खबर गलत

( टटका खबर, सोमार, भादो अन्हरिया अष्टमी 2078 विक्रमी)

बलिया शहर के हैबतपुर में जमीन का नीचे कच्चा तेल के भंडार मिले के खबर के झूठियावत ओएनजीसी साफ कहले बा कि अइसनका मीडियो रिपोर्ट एकदम वाहियात बा आ अइसनका कवनो खोज के खबर से ओएनजीसी के कवनो नाता नइखे.

जान जाईं कि दू दिन पहिले एगो अखबार में एह तरह के खबर अइला का बाद से हैबतपुर के रहे वाला लोग मने मन गाजल शुरु कर दिहले रहुवे. ओह इलाका में जमीन के मालिकाना राखे वाला लोग के लागल रहुवे कि अब करोड़पति अरबपति बने के राह खुल जाई. बाकिर ओएनजीसी के तरफ से आइल एह खंडन का बाद ओह लोग के सपना पर घइलन पानी पड़ गइल बा. तबहियों अब एह इलाका के जमीन के दाम आसमान छूवले रही आवे वाला कई बरीसन ले.

असल में ओएनजीसी के एगो टीम 27 जून से 3 जुलाई का बीच पूर्वांचल आ उत्तरी बिहार के कुछ इलाकन के दौरा कइले रहुवे जवना में वइसनका जगहन के तलाश करे के रहुवे जहवाँ गहन अन्वेषण कइला के जरुरत देखल जा सके.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।