बलिया में प्रगतिशील भोजपुरी समाज के धरना

काल्हु सोमार का दिने बलिया समाहरणालय पर प्रगतिशील भोजपुरी समाज का ओर से धरना दिहल गइल. धरना के नेतृत्व डा॰ जनार्दन सिंह कइलन. समाज अपना तेरह सूत्री मांग पत्र राष्ट्रपति के भेजे ला जिलाधिकारी के सँउपलसि. एह माँगन में भोजपुरी के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे, खेती के उद्योग के दर्जा देबे के, बलिया सियालदह एक्सप्रेस के नाम मंगल पांडे का नाम पर राखे के, भोजपुरी इलाका के विश्वविद्यालयन में भोजपुरी विभाग खोले के, आ अलग भोजपुरी राज्य बनावे के माँग शामिल रहुवे.

जाने जोग कि पिछला कई साल से प्रगतिशील समाज एह दिसाईं सक्रिय बा आ आए दिन भोजपुरी से जुड़ल कार्यक्रम करवावत रहेला. समाज का तरफ से देवरिया से भोजपुरी अमन पत्रिका त्रैमासिक के आ लखनऊ से भोजपुरी अमन साप्ताहिक के प्रकाशनो कइल जाला.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।