बलिया में बाढ़ से तबाही

पिछला दू दिन ले थिर रहल गंगा फेरू आपन रूप धरे लागल बाड़ी आ पानी के स्तर उठे लागल बा. बलिया शहर के निचला इलाकन में बाढ़ के पानी पसर गइल बा. घाघरा के कटान बदस्तूर जारी बा आ सिकन्दरपुर इलाका के सीसोटार, लीलकर आ खरीद दियारा में हालात बिगड़ल जात बा. घाघरा अब छपिया गाँव से सट के बहे लागल बा जवना से लोग घर खाली कर कर के सुरक्षित इलाका में जाए लागल बा. जयप्रकाश नगर के इब्राहिमाबाद, अठगाँवा आ कोड़रहा में बाढ़ के हालात भयावह बनल बा. पानी सड़कि पर बहला से आइलो गइल मुश्किल हो गइल बा. बैरिया के बालक बाबा सेतु खातिर जाए वाला सड़क घाघरा के कटान का जद मे आए लागल बा.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।