बलिया से रिटायर्ड जेलर पर जानलेवा हमला

जौनपुर जिला के लाइनबाजार इलाका में काल्हु देर रात कुछ बदमाश रिटायर्ड जेलर नागेन्द्र नाथ पाठक के गोली मार के घवाहिल कर दीहले. उनका के इलाज ला वाराणसी भेजल गइल बा.
पुलिस बतावतिया कि बलिया जिला कारागार के जेलर पद से एही साल रिटायर भइल साठ साल के नागेन्द्र नाथ पाठक लाइनबाजार क्षेत्र के मियांपुर मोहल्ला में परिवार संगे रहत रहले ह. काल्हु साँझ करीब आठ बजे दू जने उनका से भेंट करे अइले आ जसहीं नागेन्द्र पाठक घर से बाहर अइले उनका पर गोली चला के भाग गइले स.
पुलिस एह बदमाशन के खोजे में लागल बिया.
(वार्ता)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।