बलिराम भगत के निधन

लोकसभा के पूर्व अध्यक्ष बलिराम भगत के अतवार के सबेरे दिल्ली का अपोलो अस्पताल में निधन हो गइल. बलिराम भगत ८९ साल के रहलें आ पिछला कुछ समय से लीवर आ किडनी का बीमारी से पीड़ित रहलें. इन्दिरा गाँधी के लगावल आपातकाल का समय देश के पांचवा लोकसभा के अध्यक्ष उहे रहलें. बलिराम भगत बिहार के आरा जिला से रहलें जहवां उनका निधन पर कई जगहा शोक सभा मनावल गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..