बसपा विधायक पर रेप के मुकदमा दर्ज हो गइल

नरैनी के बसपा विधायक पुरुषोत्तम नरेश द्विवेदी अपना बचाव में अपना नपुंसक होखे के तर्क दिहले बाकिर सुबूत उनका आ उनका गिरोह का खिलाफ गइल बा जवना चलते पुलिस चार लोग का खिलाफ दुराचार के मुकदमा दर्ज कर लिहले बिया. शायद विधायक जी के गलत कानूनी सलाह मिलल रहे आ उनका ना मालूम रहे कि नपुसंको बलात्कार के आरोपी हो सकेला. विधायक के तीन गो दोस्त गिरफ्तार हो चुकल बाड़े आ विधायक के गिरफ्तारी खातिर पुलिस छापामारी कर रहल बिया. ओने बलात्कार के शिकार लड़की जेल में बन्द बिया आ पुलिस के कहना बा कि ओकरा पर चोरी के आरोप सही बा आ ओकर गिरफ्तारियो सही बा. बसपा विधायक के अबही ले पार्टी से निकाले के कवनो खबर नइखे.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..