बस्ती से दू गो वाहन चोर पांच गो मोटर साइकिल समेत पकड़इले

बस्ती जिला पुलिस के अपराध शाखा आ पुरानी बस्ती थाना पुलिस मिल के सोमार का दिने एगो संयुक्त अभियान में दू गो वाहन चोरन के पाँच गो मोटर साइकिल समेत पकड़ लिहले. गिरफ्तार चोरन के नाम अरशदुल्ला आ वसीम अहमद बतावल गइल बा. एगो अउर चोर हासिम भाग निकलल.
पुलिस बतावत बिया कि ई चोर बस्ती, गोरखपुर आ अगल बगल के इलाकन में ई धंधा चलावत रहले.
गिरफ्तार चोरन के जेल भेज दीहल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।