बस आ इंडिका के टक्कर में चार जने के मौत

उत्तर प्रदेश के इलाहाबाद जिला में परिवहन निगम के बस आ एगो इंडीका कार के आमने-सामने के टक्कर का बाद कार में सवार चार लोग के मौत हो गइल. बस जौनपुर जात रहुवे कि इंडिका कार सोझा से टक्कर मार दिहलसि. टक्कर का बाद कार बस का नीचे धँस के फँस गइल रहुवे जहाँ से ओकरा के क्रेन का सहायता से निकालल गइल. बस ड्राइवर फरार बतावल जात बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।