बहिन के मरला पर बहनोई का खिलाफ केस कइलसि साला

गोरखहुर के बेटी सिवान के बङरा पंचायत में बिआहल रहुवे. कुछ दिन पहिले संदेह जनमावत हालात में ओकर मौत हो गइल. खबर पा के नइहर के लोग चहँपले त ओह लोग के पता लागल कि सलवार सूट पहिरला से ओकर मरद अतना खिसियाइल कि भर मन डंडा से कुटलसि आ ओकरा बाद दवाई का नाम पर जहर पिया के मुआ दिहलसि.

इ सुन के मरे वाली के भाई थाना में बहनोई आ ओकरा परिवार के दू गो अउर आदमी पर हत्या के केस लिखवा दिहलसि.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..