बहिन के मरला पर बहनोई का खिलाफ केस कइलसि साला

गोरखहुर के बेटी सिवान के बङरा पंचायत में बिआहल रहुवे. कुछ दिन पहिले संदेह जनमावत हालात में ओकर मौत हो गइल. खबर पा के नइहर के लोग चहँपले त ओह लोग के पता लागल कि सलवार सूट पहिरला से ओकर मरद अतना खिसियाइल कि भर मन डंडा से कुटलसि आ ओकरा बाद दवाई का नाम पर जहर पिया के मुआ दिहलसि.

इ सुन के मरे वाली के भाई थाना में बहनोई आ ओकरा परिवार के दू गो अउर आदमी पर हत्या के केस लिखवा दिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।