बहुसंख्यक विरोधी सांप्रदायिक हिंसा विधेयक पेश करी सरकार

भठियरपन आ करिया धन का मुद्दा पर घेराइल केन्द्र सरकार विपक्षी एकता तूड़े खातिर सांप्रदायिक हिंसा निवारण विधेयक संसद के एह सत्र में पेश करे जा रहल बिया जवना के खिलाफत हिन्दूत्व समर्थक ताकत करत बाड़ी सँ. अतने ना कुछ राज्य सरकारो एह बिल का खिलाफ बाड़ी सँ काहे कि एह बिल से कांग्रेसी केन्द्र सरकार के पूरा हक मिल जाई कवनो राज्य सरकार के काम में टँगड़ी फँसावे के आ ओह राज्य के कानून व्यवस्था अपना हाथ में ले लेबे के.

एह बिल के सबले आपत्तिजनक बाति बा कि बहुसंख्यक का खिलाफ कइल हिंसा के जायज मान लिहल जाई आ अल्पसंख्यक अगर कवनो बहुसंख्यक का खिलाफ शिकायत कर दिहलसि त ओह शिकायत के सही मान लिहल जाई आ अपना के निर्दोष साबित करे के जिम्मेदारी ओह आरोपी के बन जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।