बांग्लादेशी अभिनेत्री के देश से निकाले के माँग

बांग्लादेश के मशहूर अभिनेत्री जया आहसान पिछला दिने कोलाकात में एगो फिलिम के शूटिंग करत में बहुते उत्तेजक सीन फिलिमवली जवना का बाद ऊ अपना देश के कट्टरपंथी संगठनन के निशाना पर आ गइल बाड़ी. ई लोग जया के तुलना सनी लियोन से करे लागल बा.

जया आहसान के दू दू बेर बेहतर अभिनय ला राष्ट्रीय पुरस्कारो मिल चुकल बा. जवना सीन पर विवाद बढ़ल ब ओकर निर्देशक सृजित मुखोपाध्याय हउवें आ जया एकर हीरोइन बाड़ी.

फिलिम के शूटिंग के सीन आजुकाल्हु सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल बा. आ बांग्लादेश के उग्रवादी संगठन अब जया के देश से निकाल बाहर करे के मांग करत बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।