‘बाप जोकर बेटी कलेक्टर’

एम.एल. प्रोडक्शन के महत्वाकांक्षी प्रस्तुति भोजपुरी फीचर फिल्म ‘बाप जोकर बेटी कलेक्टर’ के गीतन के रिकार्डिंग शिशिर पाण्डेय आ ए.एन सिन्हा के संगीत निर्देशन में हो रहल बा. कथा पटकथा राष्ट्रीय अंतर्राष्ट्रीय सम्मान से सम्मानित अमरेश नारायण सिन्हा के लिखल ह. फिल्म के मुख्य भूमिका में अभिनेता मन्टू लाल के नाम खास चर्चा में बा.

जान लीं कि चर्चित आ कुशल निर्देशक राजकुमार आर. पाण्डेय के ‘ट्रक ड्राईवर’, ‘सौगन्ध गंगा मईया के’, ‘नागिन’, राकेश भदौरिया निर्देशित ‘धनिया के थाना’ आ डॉ. स्नेहातुली निर्देशित हिन्दी फीचर फिल्म ‘ये देखो मुम्बई रियल लाईफ’ में मन्टू लाल अपना कॉमेडी अभिनय से दर्शकन के हर बेर प्रभावित कइले बाड़न. मुम्बई के कईएक सिनेमाघरन में अबही चलत फिल्म “सौगन्ध गंगा मईया के” के अपार सफलता में मन्टू लाल के एक एक सीन पर देखनिहजार के ताली बजावल आ सीटी मारल मन्टू लाल के बहुमुखी अभिनय क्षमता के गवाह बा. एह फिलिम “सौगन्ध गंगा मईया के” का शूटिंग घरी निर्माता दिलीप जयसवाल, अमिताभ चन्द्रा आ अमित कुमार पाहुन मन्टू लाल के भोजपुरी इन्डस्ट्री में कॉमेडी के उगत सूरुज बतवले रहलें.


(समरजीत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।