बाबरी मस्जिद विंध्वंस मामिला के अगिला सुनवाई २५ तारीख के

रायबरेली में सीबीआई के विशेष अदालत में चल रहल बाबरी विंध्वंस मुकदमा में आईपीएस अधिकारी अंजू गुप्ता के गवाही आजु सोमार का दिने पूरा हो गइल. अब अगिला सुनवाई के तारीख २५ जनवरी दिहल गइल बा. साल १९९२ का ६ दिसंबर का दिने अयोध्या के रामजन्मभूमि पर विदेशी आक्रांता बाबर के अधिकारी मीर बाकी के बनवावल बाबरी मस्जिद के मिटा दिहल गइल रहे. मिटाये वाला लोग के मानना रहे कि बाबरी मस्जिद रामजन्म भूमि पर बनल मंदिर के तूड़ के बनावल गइल रहे आ एहिजा एक जमाने से रामलला के पूजा होत आइल बा जबकि नमाज ना पढ़ल जाले. एहसे एह जगहा पर भव्य राममंदिर बनावे खातिर ओह ढाँचा के हटावल जरुरी रहे. बाद में एगो दोसरा मामिला में इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ पीठ ओह जमीन के रामलला के बतवलसि बाकिर ओकर तीन बखरा कर के एक बखरा मुसलमान समुदाय के दे देबे के फैसला सुनवलसि. ओह फैसला का खिलाफ तीनो फरीक सुप्रीम कोर्ट में निहोरा लगवले बाड़न जवना पर सुनवाई होखे के अबही दिन तय नइखे भइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।