बाबा गोरखनाथ के आसरे चहुँपली अंजना


सिनेमा भोजपुरी के हॉट केक बनल अंजना सिंह एह महाशिवरात्री का पावन अवसर पर गोरखपुर के प्रसिद्ध गोरखनाथ मंदिर जाके पूजा अर्चना कइली. मशहूर निर्माता आलोक कुमार के फिल्म “देवरा पर मनवा डोले” के शूटिंग खातिर बलिया जाए का राह में अंजना गोरखनाथ चहुँपली त बाबा के मंदिर में हाजिरी लगावे से अपना के ना रोक पवली. अंजना कहली कि बाबा गोरखनाथ खातिर उनुका मन में बहुते आस्था बावे एहसे शूटिंग शुरू करे से पहिले उनुकर आशीष ले लिहल जरूरी रहुवे.

बतावे जोग बा कि अपना एगारहे महीना के फ़िल्मी कैरियर में अंजना के ई सतवीं फिलिम हवे जवना के शूटिंग ऊ करत बाड़ी. सबले दिलचस्प बाति त ई कि बहुते कम समय में अंजना भोजपुरी के सगरी बड़का कलाकारन का साथ काम कर लिहली. प्रेमांशु सिंह का निर्देशन में बनत “देवरा पर मनवा डोले” में खेसारी लाल आ स्मृति सिन्हा के मुख्य जोड़ी हवे. निर्देशक प्रेमांशू सिंह एहसे पहिले साल २०११ के सबले बड़हन बड़ी हिट “साजन चले ससुराल” निर्देशित कइले रहले.

एकरा बाद अंजना के अगिला फिल्म होखी “वर्दी वाला गुंडा” आ “कर्जा माटी के”. “कर्जा माटी के” में उनका अपोजिट विराज भट्ट के राखल गइल बा. शबनमश्री के बनावल एह फिल्म के निर्देशक हउवें जगदीश शर्मा जिनका साथे अंजना फिल्म “एक बिहारी सौ पे भारी” में काम कइले रहली.


(उदय भगत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..