बाबा विश्वनाथ के दरबार में विक्रांत अंजना अउर रवि

सिनेमा भोजपुरी के सितारा विक्रांत, अंजना सिंह आ गायक अभिनेता रवि त्रिपाठी पिछला दिन बनारस में बाबा विश्वनाथ के दरबार में जाके पूजा अर्चना कइलें. ई लोग आजुकाल्हु “बिआह” के शूटिंग ला बनारस में बा. निर्देशक रवि कश्यप के एह फिल्म में विक्रांत, अंजना सिंह आ रवि त्रिपाठी मुख्य भूमिका में बाड़ें. इंडियन आयडल फेम गायक रवि त्रिपाठी एही फिलिम से भोजपुरी परदा पर आपन मौजूदगी दर्ज करावत बाड़ें.

शूटिंग शुरू करे से पहिले विक्रांत, अंजना आ रवि त्रिपाठी बाबा विश्वनाथ के मंदिर जाके पूजा अर्चना कइलें. कहल लोग कि बनारस आइल बेकार बा अगर बाबा विश्वनाथ के दर्शन ना भइल. बनारस में अभिनेत्री अंजना सिंह के ई पहिला शूटिंग ह.


(उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।