बाबू जगजीवन राम पर शोध के पूरा खरचा विश्वविद्यालय उठाई

बाबू कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के कुलपति सुभाष प्रसाद सिंह काल्हु घोषणा कइले कि भारत के उप प्रधानमंत्री रहल बाबू जगजीवन राम के व्यक्तित्व आ कृतित्व पर शोध करावे खातिर सगरी खरचा विश्वविद्यालय दीहि. ई विश्वविद्यालय अनुदान आयोग का तरफ से दिहल जाई. एह शोध खातिर खास कर के अनुसूचित जाति आ जनजाति के लोग के प्रोत्साहित कइल जाई. ई जानकारी काल्हु आरा में पिछला तीन दिन से चल रहल भारत निर्माण जन सूचना अभियान के समापन समारोह में दिहल गइल. समापन समारोह मे दूरदर्शन कलाकार मनमोहक कार्यक्रम पेश कइले.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।