बारात में छूरेबाजी से एगो नवही के मौत

सिवान जिला के असांव इलाका के सदलपुर गाँव में आइल बारात में कुछ नवही मोटरसाइकिल के खेल देखावे लगले. बेहुदा तरीका से चलत एह मोटरसाइकिलन से हालात बिगड़े लागल त अपना मामा घरे आइल देवरिया के राजेश कुमार चौहान ओहनी के रोके चहलें त ऊ मनबढ़ राजेश के छूरा से गोद दिहलें. बीच बचाव करे आइल एगो अउर लड़िका के घवाहिल कर दिहलें सँ. घवाहिल राजेश के अस्पताल ले जाए का रास्ता में मौत हो गइल. घटना से घबड़ाइल सगरी बरतिया दुलहा छोड़ भाग परइले. घराती दुलहा से शादी के रस्म करा लिहलें. मृतक राजेश के मामा दुलहा के भाई वगैरह का खिलाफ नामजद शिकायत दर्ज करवले बाड़न. एगो आरोपी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया.
बारात नोनिया टोला से आइल रहुवे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।