“बारूद” लेकर आवत बाड़ी प्रिया शर्मा

भोजपुरी फिलिमन के नम्बर वन कैटेगरी में जल्दी पहुँचे का कोशिश में लागल बाड़ी प्रिया शर्मा. निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद के फिल्म “बारूद” से ऊ बहुते उत्साहित बाड़ी. प्रिया शर्मा के एह फिल्म में बहतरीन रोल करे के मौका मिलल बा आ फिल्म में उनुकर जोड़ीदार बनल बाड़े विराज भट्ट. उनकर दुसरका फिल्म निरहुआ आ पवन सिंह स्टारर आ रामाकांते प्रसाद के निर्देशित “खून पसीना” जल्दिये रीलिज होखे वाली बा.एहु में प्रिया के रोल लीक से हट के बा. अबही हालही रिलीज फिल्म निर्देशक अनिल श्रॉफ के “प्यार करेला हिम्मत चाहीं” बिहार मे सुपर हिट हो चुकल बा जवना में प्रिया आ विराज के जोड़ी बावे. सुदीपो पाण्डेय का साथे प्रिया कई गो फिल्म कर चुकल बाड़ी.
प्रिया के रिलीज हो चुकल फिलिमन में शामिल बाड़ी सँ “मारे करेजवा में तीर”, “दुल्हा अलबेला”, “किशना कईलस कमाल”, “पवन पुरवईया”, “हमार ललकार” वगैरह. प्रिया के आवे वाली फिलिमन में “हार ना पाई प्यार हमार”, खून पसीना”, “बारूद”, “बुलंदी”, “सईयाँ बडा दिल वाला” आ “चुन्नु बाबु सिंगापुरी” के नाम शामिल बा.


(स्रोत : संजय भूषण पटियाला )

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..