बार गर्ल बनल बाड़ी अक्षरा सिंह

anil-samrat_aksharaसिनेमा भोजपुरी के चर्चित अभिनेत्री अक्षरा सिंह भोजपुरी के पहिला सीक्वल फिलिम प्रतिज्ञा 2 में बार गर्ल के भूमिका में बाड़ी. सामने बाड़न अभिनेता अनिल सम्राट जे एगो पुलिस अधिकारी बनल बाड़न. मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, खेसारी लाल, स्मृति सिन्हा, काजल राघानी आ सुशील सिंह बाड़े.

सत्यमेव जयते से आपन फ़िल्मी कैरियर शुरु करे वाली अक्षरा सिंह एह फिलिम में बोल्ड किरदार में बाड़ी. कहली कि उनकर किरदार बस रोवे धोवे ले ना रूक के खलनायकन से बदला लेबे खातिर एह तरह के किरदार में बाड़ी.

प्रतिज्ञा का तरह इहो फिलिम गीत संगीत एक्शन से भरपूर बावे आ अनिल सम्राट के दावा बा कि “प्रतिज्ञा 2” पुरनकी प्रतिज्ञा के रिकार्डो तूड़ी. फिलहाल एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम चलत बा.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।