बिग बी खातिर धुन बनावल सपना साँच होखे जइसन बा – मधुकर आनंद

एगो संगीत शिक्षक से कामयाब संगीत निर्देशक बनल मधुकर आनंद त अपना कैरियर में वइसे त अनेके उपलब्धि हासिल कइले होखीहें बाकिर फिल्म “गंगादेवी” में बिग बी खातिर बनावल अपना धुन के मधुकर आनंद आपन श्रेष्ठतम हासिल मानेलें. मधुकर आनंद के संगीत से सजल ‘गंगादेवी’ में हर मिजाज़ आ अंदाज़ के गाना बाड़ी सँ. एहमें दू गो गाना परदा पर अमिताभ बच्चन गावत नजर अइहें. एह गानन के धुन के प्रशंसा खुद अमिताभ बच्चब कइलन खास करि के होली वाला गाना कें जवना में मधुकर आनंद ठेठ भोजपुरिया अंदाज़ पिरवले बाड़न. ओह गाना के त बिग बी मुरीद हो गइलन.

बतौर संगीतकार मधुकर आनंद के जलवा एह घरी अपना शबाब पर बा. बाकिर मधुकर आनंद बिग बी पर फिल्मावल अपना दुनु गाना के हकीकत में बदलल आपन सपना मानत बाड़े.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..