'बिदेशी बाबू के देसी ठुमका' निर्देशित करीहें श्यामचरण यादव

श्याम चरण यादव

के कहेला कि छलनी में पानी भरा ना सके, बरफ जमला ले आस जगवले राखे क होला. कुछ अइसने उदगार कहे वाला सिंगापुर के चुन्नू सिंगापुरी एके साथ पाँच गो भोजपुरी फिलिम बनावे के एलान कइले बाड़न, हालही में एह पाँचो फिलिमन के मुहुर्त मुंबई के m4u स्टूडियो में करावल गइल. एह पाँचो फिलिमन में अलग- अलग निर्देशक, गीतकार, संगीतकार आ टेक्नीशियन होखीहें जेहसे कि फिल्म निर्माण में कवनो बाधा ना आवे.

एहमें से एगो फिल्म ‘बिदेशी बाबू के देसी ठुमका’ के निर्देशित करीहें श्याम चरण यादव जिनकर एह फिल्म से बतौर निर्देशक शुरुआत होखत बा. एकरा पहिले ऊ कुछ फिलिमन आ धारावाहिकन के सहायक निर्देशक रहल बाड़ें. फिल्म के लेखक खुद श्यामचरण यादव हउवे आ पटकथा, संवाद मनोज पी.एस.सी. के बा. मुख्य भूमिका में चुन्नू सिंगापुरी, नेहा श्री, धर्मेन्द्र सिंह, प्रेरणा सुषमा, रवि यादव, भाविका देसाई आ बालेश्वर सिंह रहीहें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।