‘‘बिदेसिया’’ के नायिका बनल बाड़ी छवि पाण्डेय

पटना के रहेवाली आ गायिका का कैरियर से आपन शुरूआत करे वाली छवि पाण्डेय अब सिनेमा भोजपुरी के परदा पर नायिका बन गइल बाड़ी. पटना के नवरंग ललित कला केन्द्र से संगीत के विधिवत प्रशिक्षण लिहला का बाद छवि पाण्डेय कलर्स के ‘‘इंडियाज गॉट्स टैलेंट’’ में फाईनल ले चहुँपली आ ओकरा बाद महुआ टीवी के ‘‘सुर संग्राम’’ शोओ में अंतिम दौर ले चहुँपली. एकरा बाद उनुका महुआ टीवी के धारावाहिक ‘‘अंखियों के झरोखे से’’ में काम करे के मौका मिलल. एह धारावाहिक में छवि के अदाकारी देखत निर्माता महुआ मीडिया आ अभय सिन्हा उनुका के भिखारी ठाकुर के कालजयी नाटिका ‘‘बिदेसिया’’ पर आधारित ओही नाम के फिलिम में बतौर मुख्य नायिका ले लिहले.

“बिदेसिया” फिल्म में छवि झुमकी नाम के लड़की के भूमिका में बाड़ी जे ‘‘बिदेसिया’’ के दुलहिन बनत बिया. नायक बिदेसिया बनल बाड़न दिनेशलाल यादव निरहुआ आ निर्देशक हउवन रंजन कुमार सिंह.

फिल्म में छवि पाण्डेय के अदाकारी के रशेज देखला का बाद सभे तारीफ करत बा. आ कहत बा कि भोजपुरी के नयकी सुपरस्टार अदाकारा होईहें छवि पाण्डेय. एह फिल्म के गानो में छवि आपन मधुर आवाज दिहले बाड़ी.

छवि के कहना बा कि ऊ हमेशा साफ सुथरा मनोरंजन देबे वाली फिलिम करीहें आ पटना अउर बिहार के गौरवान्वित करीहें.

छवि के बेस्ट ऑफ लक.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..