‘बिदेसिया’ के बम्पर ओपनिंग

महुआ मीडिया प्रा॰ लि॰ आ यशी फिल्मस् प्रा॰ लि॰ प्रस्तुत ‘बिदेसिया’ पिछला शुक का दिने बिहार के 50गो आ मुम्बई के 30 गो सिनेमाघरन में रिलीज भइल त हर जगहा एकरा बम्पर ओपनिंग मिलल. भिखारी ठाकुर के नृत्य नाटिका बिदेसिया पर आधारित एह फिल्म में गाँव से शहर आ दोसरा राज्य का तरफ पलायन के समस्या उठावल गइल बा.

सुपरस्टार दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’ बिदेसिया बनल बाड़े त नवोदित अभिनेत्री छवि पाण्डेय उनुकर गाँवे छूटल पत्नी आ पाखी हेगड़े शहर के आकर्षण. एह फिलिम के समाज के सगरी वर्ग सराहना से देखत बा. निर्देशन हवे रंजन कुमार सिंह के आ संगीत धनंजय मिश्रा के. गीत प्यारेलाल यादव आ संतोष पुरी के लिखल हवे.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..