बिना लूटले बेंक भगलन स डकइत

दरियापुर, सारण। डेरनी थाना क्षेत्र के सुतिहार के स्टेट बैंक में सनीचर के राति में डाका डालि के लूटे के कोशिश डकइत करूवन स बाकी सफल ना भउवन स। अतवार के सबेरे पुलिस पहुंचुवे त उहंवा से एगो गैस के सिलेण्डर बरामद करूए। पता चलल ह कि राति में डकइत बैंक के पीछला ओर के जंगला काटि के गैस सिंलेण्डर आ कटर के मदत से लाकर काटे खातिर जोर लगउवन स बाकी लाकर ना खुलुवे। ढेरकी एक समय लगला से बिना लाकर खोलले आ लूटले डकइत कुलिह भागि गउवन स।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..