बिपिन सिंह हर तरह के किरदार निभवले बाड़े


बिपिन सिंह अइसन भोजपुरिया कलाकार हउवन जे भोजपुरी सिनमा में हर तरह के फिल्मी किरदार निभा चुकल बाड़न आ हिन्दीओ फिल्म, जइसे कि “आगे से राइट, बेनी आ बबलू, साथ साथ” वगैरह, में काम कर चुकल बाड़न. रंगमंच के बीस साल से बेसी के अनुभव राखे वाला अभिनेता बिपिन सिंह हिन्दुस्तान भर में रंगमंचन पर आपन अदाकारी देखा चुकल बाड़न. बिपिन सिंह के फिल्मी कैरियर रविकिशन के आपन निर्माण कंपनी के बनावल फिल्म “बिहारी माफिया” से शुरु भइल आ तब से ऊ लगभग पचीस फिल्मन में काम कर चुकल बाड़न आ हर तरह के किरदार कर चुकल बाड़न. ऊ भोजपुरी टीवी चैनल महुआ टीवी पर अपना “लट्ठमार” अन्दाज में सामाजिक समस्या के गँवई तरीका से पेश कर के दर्शकन के वाहवाहीओ बटोरत बाड़न. बिपिन सिंह के नयका फिल्म “प्रीत के रीत निभइह सजना” के शूटिंग अगिला महीना से शुरु होखे जा रहल बा. एह फिल्म के निर्माण एगो कार्पोरेट कंपनी स्पीड मीडिया करत बिया आ एकर निर्देशक बाड़न अरविन्द ठाकुर. निर्मता हवें अभिषेक तिवारी.
(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।