बिप्लब देब बनीहें त्रिपुरा के नयका मुख्यमंत्री

अगरतला 06 मार्च (वार्ता). भारतीय जनता पार्टी के त्रिपुरा इकाई के अध्यक्ष बिप्लब देव राज्य के नयका मुख्यमंत्री बनीहें.
बनमालीपुर से विधायक बिप्लव देब के आजु पार्टी विधायक दल के बइठक में नेता चुन लीहल गइल. तीन मार्च के आइल परिणाम में भाजपा त्रिपुरा में मार्क्सवादी कम्युनिस्ट पार्टी के 25 साल से चलल आवत शासन के अंत क दिहलसि. साठ सदस्यीय विधानसभा के 59 सीटन के आइल परिणाम में भाजपा के अकेले 35 सीट पर आ ओकरा सहयोगी आईएफजीटी के आठ सीट पर जीत मिलल बा.
नया चुनाइल विधायकन के बइठक का बाद बिप्लब देव के विधायक दल के नेता चुनाए के एलान केन्द्रीय मंत्री नितिन गड़करी कइलन. बतवलन कि बिप्लब देब के सभका एकमत राय से विधायक दल के नेता चुनल गइल बा.
गडकरी इहो बतवलन कि जिष्णु देब बर्मन उपमुख्यमंत्री बनिहें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।