बिहंसs दुल्हिन दिया जरावs

– हरीन्द्र ‘हिमकर’

बिहंसs दुल्हिन दिया जरावs
कुच -कुच रात अन्हरिया हे। नेहिया के बाती उसकावs
बिहंसो गांव नगरिया हे।

तन के दिअरी,धन के दिअरी,
मन से पुलक-उजास भरs
गहन अन्हरिया परे पराई
जन -जन में विश्वास भरs
हिय के जोत जगावs सगरो
फाटो बादल करिया हे।

अमर जोत फइलावs दुल्हिन
अमरित दिअरी में ढारs
झुग्गी, महल, अटारी चमके
समता के दिअरी बारs
जमकल जहां अन्हरिया बाटे
उहंवे कर अंजोरिया हे।

अंचरा में मत जोत लुकावs
दुलहिन जोत लुटावs तू
कन-कन में फइलो उजियारा
सुख सगरो पसरावs तू
घर -घर दीप जरी मन हुलसी
जग-मग करी बहुरिया हे।


हरीन्द्र ‘हिमकर’
रक्सौल

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।