बिहारी गरदा उड़ावे बिहार चलल

BipinSinghसिनेमा भोजपुरी के जानल मानल खलनायक बिपिन सिंह जल्दिए बिहार में नजर अइहें जहाँ ऊ अपना भोजपुरी फिलिमन के शूटिंग में शामिल होखीहें. बिपिन सिंह के उनका दमदार आ मजगर अभिनय ला जानल जाला जे अपना किरदारे ना ओकरा से जुड़ल दायित्वो के परदा पर जियतार कर देला.

एही चलते भोजपुरिया दर्शक बिपिन के बतौर खलनायक देखल चाहेलें. बिपिन सिंह जवना फिलिमन के शूटिंग ला बिहार जइहें ओहनी के नाम बा “प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद”, “इ कईसन बिदाई”, “बेनाम बादशाह”, आ “संघर्ष”.


(भोजवुड न्यूज)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।