‘बिहारी रिक्शावाला’ बिहार में रिक्शा बंद करा दिहलसि

बिहार के डिहरी आ सासाराम के लोग पिछला दिने रिक्शा ना मिलला का चलते ढेरे परेशानी उठावल. अइसन ना कि ई रिक्शावालन के हड़ताल का चलते भइल. दरअसल एहिजा के सगरी रिक्शा चालक आपन-आपन रिक्शा लेके भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद आ नम्बर वन खलनायक संजय पांडे के फिलिम ‘बिहारी रिक्शावाला’ के शूटिंग में व्यस्त रहले.

बिहार के डिहरी ओन सोन में चलत एह फिलिम ‘बिहारी रिक्शावाला’ के शूटिंग ला निर्माता अंशुल गुप्ता करीब 500 रिक्शा मंगवले रहलन, पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिलिम में अतना रिक्शा एक संगे नजर आई. अपना बीच विनय आनन्द आ संजय पांडे के देखल एह रिक्शावालन खातिर बहुते आनन्द देबे वाला रहल. ऊ जम के एह सितारन संगे आपन फोटो खिंचवले.

कबीर फिल्म्स इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत एह फिलिम के निर्माता अंशुल गुप्ता, निर्देशक अविनाश त्रिपाठी, कहानीकार सतेन्द्र गुप्ता अउर अविनाश त्रिपाठी, आ कैमरामैन प्रमोद पांडे हउवें. कलाकारन में विनय आनंद, अंजना सिंह, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, किरण यादव, सतेन्द्र गुप्ता, श्रद्धा नवल, नेहा मेहता, श्रुति दुबे आ संजय पांडे के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..