बिहार आ पूर्वांचल में कई जगहा बरखा भइला से गरमी से राहत मिलल

बिहार आ पूर्वांचल में कई जगहा बरखा भइला का बाद गरमी से राहत मिलल बा. बिहार में बियफे से बरखा शुरू भइल जबकि पूर्वांचल में शुक का दिने. एह बरखा से जगहे जगह पानी लगला से सड़क किचकाहिन हो गइल बा.
मौसम विभाग के कहना बा कि अबहीं तीन चार दिन ले आसमान पर बदरी घेरले रही आ छिटपुट बरखो हो सकेला. ओने मानसून के बदरी केरल का किनार पर दस्तक देबही वाला बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।