बिहार कांग्रेस के भंग क दिहली सोनिया गाँधी

कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी बिहार कांग्रेस के अध्यक्ष अशोक चौधरी के उनुका पद से हटावत बिहार कांग्रेस के सगरी कमिटियनो के भंग क दिहले बाड़ी.

लालू का साथे आपन नाता निबाहे का ललक में राहुल गाँधी बिहार के कांग्रेसियन के पहिलहीं बता दिहले रहलन कि बिहार में लालू के साथ ना छोड़ी कांग्रेस. अशोक चौधरी के खिलाफत करत गुट के कहना रहल कि ई नीतीश का साथे मिलल बाड़ें.

अब बिहार कांग्रेस के नया अध्यक्ष केकरा के बनावल जाई एह पर चरचा शुरु हो गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।