बिहार का बाद ‘‘फौजी’’ के दबदबा मुंबईओ में

बिहार में कामयाबी के झंडा गड़ला का बाद डी.एस. फिल्म्स एंटरटेन्मेंट के एक्शन फिल्म ‘फौजी’ के शानदार प्रदर्शन मुंबई में हो रहल बा. एगो जाबांज फौजी के रजत पट पर जीवंत करे वाला शिवम तिवारी के दर्शकन से जवन प्यार आ समर्थन मिलल बा ओकर जादू मायानगरी मुंबईओ में जारी रही, लागत बा. श्रीनाथजी प्रोडक्शन के राजेश सिंह ‘फौजी’ के मुंबई के 15 सिनेमाघरन में एक साथ रिलीज करत बाड़े.

निर्देशक पराग पाटिल एह फिल्म से शिवम के कैरियर के एगो नया ऊंचाई दिहले बाड़न आ भोजपुरिया ही-मैन का रूप में शिवम तिवारी के दर्शकों सकार लिहले बाड़े, शिवमे के लिखल कथा-पटकथा वाला ‘फौजी’ के संवाद लिखले बाड़े जितेन्द्र सुमन आ कैमरा सम्हरले जगमिंदर हुंडल. विनय बिहारी के गीतन के संगीत से संवरले बा राज सेन-आर.पी. ठाकुर के जोड़ी आ नृत्य निर्देशक हई ओमी. यू.डी. मूवी के प्रस्तुति एह फिल्म के सह-निर्माता यूनुस अंसारी आ दसमेर तिवारी हउवें.

‘फौजी’ में सैनिकन के पारिवारिको जिनिगी के फिल्मांकित कइल गइल बा कि कइसे सीमा पर दुश्मन से लड़ेवाला फौजौ अपने गांव-घर-परिवार में बेगाना बनि जाला. एह हालात से लड़े वाला फौजी बनल शिवम के साथ दिहले बाड़ी रानी चटर्जी. दोसर कलाकारन में प्रमुख बाड़न सुधीर दलवी, विनय बिहारी, समीर शेख, संदीप तिवारी, दीपक भाटिया, संजय श्रीवास्तव, मीनाक्षी, माया यादव, जीतेन्द्र सिंह, अजय चोपड़ा, आईटम गर्ल दीपा आ मेहमान कलाकार सुदीप पांडे अउर मनोज टाईगर.


(स्रोत : समरजीत)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।