बिहार में भाजपा गठबन्हन के जीत आ पूरा देश में भइल उपचुनाव में भाजपा के मिलल शानदार सफलता का खबर का बीच शेयर बाजार के बड़हन आ ऐतिहासिक उछाल के खबर दबा गइल. काल्हु देश के शेयर बाजार एगो नया इतिहास बनावत अबले के सबले ऊँच निशाना लगा दिहलसि. बीएसई सेंसेक्स पहिला बेत 43277 अंक के पार क गइल त नेशनल स्टॉक एक्सचेंज के निफ्टी 12631 अंक के निशान छू लिहलसि. तकनीकि चार्ट देखि के लागत बा कि अबहीं अउर बढ़त के संभावना मौजूद बा. बाकिर तेज उछाल का बाद निवेशक अगर मुनाफा वसूले के म बना लेसु त थोड़ बहुत गिरावटो होखे से इंकार ना कइल जा सके. अबकी का उछाल का पाछे कोरोना के टीका बने के खबर बावे बाकिर चूंकि कहिया ले ई टीका आम आदमी ले चहुँपी एह पर संशय बरकरार बा जवना चलते उत्साह में कमी आ सकेला.
बिहार में एक्जिट पोल के एक्जिट के राह देखावत भाजपा गठबन्हन बहुमत के आंकड़ा हासिल क लिहलसि आ नीतीश कुमार के फेरु से मुख्यमंत्री बनल तय हो गइल बा. हालांकि गठबन्हन में अब जदयू के दुसरका जगह पर ठेल के भाजपा पहिला नंबर पर आ गइल बिया. एह चलते भाजपा में सुगबुगाहट होखल स्वाभाविक बा कि मुख्यमंत्री सबले बड़का गोल के नेता बने के चाहीं. संजोग से सुशील मोदी से भाजपा के कार्यकर्तन के नाराजगी देखत ई मांग ढेर जोर ना पकड़ पाई. भाजपा के माथ नेता पहिलहीं कह चुकल बाड़ें कि नीतिशे मुख्यमंत्री बनीहें.
देश भर में पसरल दस गो राज्यन में 58 सीटन पर भइल उपचुनाव में भाजपा 49 गो सीट जीत के आपन ताकत देखा दिहले बिया. कोरोना काल में भाजपा सरकारन के कइल कामो ओकरा हक में आइल बा. यूपी में कांग्रेस आपन तुरुप के इक्का प्रियंका वाड्रा के निर्देशन में चुनाव लड़ले रहुवे आ ओकरा सगरी उमादवारन के जमानत जब्त हो गइल. एह उपलब्धि के मुकाबला राहुल गाँधी के बिहार में मिलल सफलते से कइल जा सकेला. बाकिर कांग्रेस में एह भाई बहिन का खिलाफ कुछ बोले के बेंवत केहू में नइखे, आ जे अगर केहू मुँह खोलल त ओकरा के निकाल फेंकहूं में कांग्रेस देरी ना करी.
0 Comments