बिहार का साथे साथ मुबईओ में डंका बजवलसि “बेताब”

betab-poster
आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के परोसल फिलिमन के दर्शक बहुते बेसब्री से तिकवेलें आ इहे वजह ह कि आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के हर फिलिम खूब हंगामा बरपावेली सँ.

एह घरी भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादव के एक्शन पैक्ड फिल्म “बेताब” बिहार का साथे साथ मुंबईओ में हंगामा बरपवले बिया. ई फिलिम दुनू टेरिटरी में सफलता के जश्न मनावत हर जगहा सुपर डुपर हिट भइल बा. एकरा ला बिहार आ मुंबई में लगभग २०० थियेटर बुक कइल गइल रहे.

फिलिम “बेताब” के निर्माण मयूरी पायल इंटरटेनमेंट के बैनर में स्वामी जी, अनुज कुमार आ कृषन्ना कुमार कइले बाड़े. निर्देशक हउवे जानल मानल निर्देशक सनोज मिश्रा आ अजय कुमार झा. कार्यकारी निर्माता महेश कुमार उपाध्याय, कहानी,पटकथा अउर संवाद लेखक अरविन्द तिवारी, गीतकार कृष्ना बेदर्दी, विभाकर पांडे आजाद सिंह अउर अरविन्द तिवारी, संगीतकार घुघंरू, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी आ रामदेवन, मारधाड़ निर्देशक हीरा लाल यादव, संपादक गुरजंत सिंह आ कैमरामैन नीतू इकबाल सिंह.

“बेताब” के मुख्य कलाकार बाड़ें भोजपुरी सुपर स्टार खेसारी लाल यादव, सेक्सी बम अक्षरा सिंह, कृषन्ना कुमार, प्रिया शर्मा, किरण यादव, अभिलाषा, समर्थ चतुर्वेदी, संजु सोलंकी, अभय राय, श्रृद मिश्रा, युगनाथ पांडे, इकबाल राजभर, बबलू खान, देव सिंह, अनुप अरोड़ा अउर उमेश सिंह. साथे साथ डांसिग क्वीन सीमा सिंह आ ग्लोरी के आयटम नंबरो बा.
शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..