बिहार के खबर

(मंगल 6 सितम्बर)

  • गया जिला के टनकुप्पा के अंचल अधिकारी अरुण कुमार सिंह के मंगल का दिने विजिलेंस टीम 10,000 रुपिया घूस लेत गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • रोहतास में बड्डी थाना इलाका से 31 अगस्त के अगवा भइल शराब व्यवसायी प्राण साह के आजु छोड़ दिहले सँ. पुलिस के कहना बा कि आलमपुर गाँव के प्राण साह के आजु चेनारी थाना के पेनारी घाट से छोड़ावल गइल. पुलिस के बढ़त दबाव का चलते अपहर्ता व्यवसायी के छोड़ के भाग गइले सँ.
  • चकिया के परसौनी में एगो कार मँड़ई में घुस गइल आ ओहमें सूतल तीन आदमी कचरा के मर गइले. कार के ड्राइवर फरार हो गइल बा. पुलिस कार के कब्जा में ले लिहले बिया आ घटना के जाँच होत बा.
  • सहरसा में आनंद मोहन के आवास पर गोलीबारी भइल आ बम फेंकल गइल. एह मामिला में दू आदमी के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया. आनंद मोहन बहुत दिन से सहरसा जेल में आजीवन कारावास भुगतत बाड़े.
  • पूर्वी चंपारण के तुरकोलिया थाना इलाका के बालगंगा मुसहर टोली में एगो आदमी फाँसी लगा के मर गइल. कारण के पता लगावल जात बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।