बिहार के खबर, अतवार 28 अगस्त का दिने
  • नीतीश कुमार कहले बाड़न कि जिनका काल्हु का शिविर में इन्दिरा आवास के पासबुक ना मिल पावल उनुका फेर दिसम्बर में लागे वाला शिविर में पासबुक दिहल जाई. इंदिरा आवास का मामिला में बिचौलियन के भूमिका एकदम खतम करा दिहल जाई. कहले बाड़न कि प्रतीक्षा सूची में कवनो छेड़छाड़ ना हो सके एहसे केहू के झाँसा में अइला के जरूरत नइखे.
  • गंगा नदी के आजु अचके उफनइला का चलते भागलपुर में राघोपुर खैरपुर बाँध टूट गइल जवना से एक दर्जन गाँव में बाढ़ के पानी घुस गइल.
  • मंत्रीमण्डल में दुबारा लिहल गइल रामाधार सिंह के सहकारिता विभाग के जिम्मेदारी दिहल गइल बा.
  • पूर्वी चंपारण के पकड़ी दयाल अनुमंडल मुख्यालय चौक पर लगावल गाँधी जी के मूर्ति नक्सली उखाड़ फेंकले बाड़े.
  • रोहतास में तीन गो नक्सलियन के गिरफ्तार कइल गइल बा जवना में नावाडीह खुर्द के कुलदीप चौधरी, पंडुका गाँव के गुड्डू चौधरी, आ बगैया गाँव के मोहन पासवान शामिल बाड़े.
  • गोपालगंज के चकहसना गाँव का लगे एगो ट्रक से कचरा के दू आदमी के मौत हो गइल बा.
  • सिवान जिला के धनौती गाँव से बीस साल के शैलेश राम के लाश बरामद भइल बा. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।