बिहार के खबर, मंगल 30 अगस्त का दिने
  • भारत में बिहार से लागे वाली नेपाल सीमा पर नक्सलियन के रोके खातिर अर्धसैनिक सशस्त्र सीमा बल के तीन गो अउरी बटालियन के तैनात कइल जाई.
  • बिहार के गया जिले में एगो अंतर्राज्यीय गिरोह के सात गो संदिग्ध अपराधियन के गिरफ्तार कइल गइल बा. एकनी का लगे से असलहो मिलल बा.
  • पटना के आलमगंज इलाका के निजी लॉज से एगो छात्र राकेश कुमार के शव मिलल. राकेश ए एन कालेज में एमसीए के छात्र रहुवे. पुलिस मामिला के आत्महत्या बतावत बिया जबकि परिवार वाले एकरा के हत्या बतावत बाड़े.
  • बिहार में मोकामा के जद (यु) नेता जलेश्वर सिंह के गोली मारके हत्या कर दिहल गइल. जलेश्वर सिंह बाहुबली विधायक अनंत सिंह के नजदीकी मानल जात रहले.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।