बिहार के खबर, शनिचर 3 सितम्बर का दिने
  • बिहार के पूर्वी चम्पारण जिला के पुरैनिया पंचायत के फरमान का चलते एगो प्रेमी जोड़ी एक दोसरा के पांच-पांच चप्पल मरले आ बाद में ओह लोग के चप्पल जूता के माला पहिरा के भर गांव घुमावल गइल.
  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु ‘हरित बिहार अभियान रथ’ के पटना से रवाना कइले आ विधायकन आ मंत्रियन से आपन एक महीना के तनखाह एक काम खातिर देबे के अपीलो कइलन.
  • बिहार के बांका जिला के कटोरिया थाना इलाका में कुछ सशस्त्र हमलावर शुक के राति एगो गांव पर धावा बोलके एक आदमी के गरदन काट दिहले आ दोसरका के हाथ.
  • बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के सरैया थाना इलाका से शुक के रात एगो नक्सली स्वयंभू कमांडर राधे महतो के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • छपरा नयागाँव का लगे एगो टेम्पो आ ट्रेन का टक्कर में मरल लोग खातिर बिहार सरकार मुआविजा के एलान कइले बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..