बिहार के खबर, शुक 26 अगस्त का दिने
  • पटना के रूपसपुर थाना के तिलकनगर से बुध का दिने अगवा भइल जिला कृषि पदाधिकारी शैलेश कुमार के बेटा आदित्य के लाश आजु शुक का दिने पुनपुन थाना के टिकुली गांव से बरामद भइल बा. एह मामिला में पांच लोग के गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • बिहार का कटिहार जिला के मुफ्फसिल थाना इलाका में बियफे का राति गाँव के लोग आ कुछ संदिग्ध डकैतन का बीच मुठभेड़ में एगो डकैत मारल गइल जबकि पांच गो बेसी लोग घवाहिल हो गइल.
  • इंदिरा आवास योजना के तहत बिहार में शनिचर का दिने करीब साढ़े सात लाख इन्दिरा आवास बांटल जाई.
  • अन्ना हजारे के आंदोलन से देश के नौजवानन पर अइसन असर पड़ल बा कि बिहार के हाजीपुर के एगो लड़िका अपने बाप का खिलाफ मोर्चा खोल दिहले बा. ओकर कहना बा कि बाप सरकारी अधिकारी रहत बहुते बेजा कमाई कइले बाड़न आ सरकार के एकर जाँच करावे के चाहीं. सिवान के जिला आपूर्ति पदाधिकारी पद से सेवानिवृत रामचंद्र राम हाजीपुर के बागामूसा में रहेले. उनुकर कहना बा कि बेटा पागल ह आ हमेशा उलजलूल काम करत रहेला.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।