बिहार के खबर, सोमार 29 अगस्त का दिने
  • चारा घोटाला मामले में लालू आ जगन्नाथ अदालत में हाजिर भइले
  • बिहार में जनता दल (युनाइटेड)अपना वृक्षारोपण अभियान खातिर ‘ हरित बिहार अभियान रथ’ निकाली आ हाईटेक तरीका से पूरा अभियान पर नजर राखी.
  • बिहार के औरंगाबाद जिला में हसनपुर थाना के हरनबिगहा गाँव में 58 साल के दुखन महतो के गाँवे के लोग आपसी रंजिश में पीट पीट के मुआ दिहल. दू आदमी पर मुकदमा दर्ज करावल गइल बा बाकिर केहू के गिरफ्तारी नइखे भइल.
  • सितम्बर से तीन महीना खातिर तीन सौ मेगावाट बिजली हर महीना खरीदी बिहार विद्युत बोर्ड. अउरियो बिजली खरीदे के योजना बनावल गइल बा.
  • वरिष्ठ पत्रकार फरजंद अहमद आ रिटायर्ड आईएएस एस विजय राघवन आजु से बिहार के सूचना आयु्क्त के पदभार ले लिहले. एह लोग क४ आजु साँझ चार बजे राज्यपाल शपथ दिअइहे.
  • सिवान जिला अस्पताल में एगो अलग वार्ड बनावल गइल बा जहाँ कुपोषित बचवन के राखि के उनुका के दवाई आ भोजन दिहल जाई. एह वार्ड खातिर एगो डाक्टर, दू गो नर्स, आ दू गो डायटिशियन के ड्यूटी लगावल गइल बा.
  • पटना के पाटलीपुत्र स्टेशन से नवमंबर महीना से संघमित्रा एक्सप्रेस, पूणे एक्सप्रेस, कुर्ला एक्सप्रेस, आ जनसाधारण एक्सप्रेस चले लगीहें सँ.
  • पूर्वी चंपारण के रामगढ़वा थाना के मुरला गाँव में पाईन में नहाये गइल दू गो लड़ीकी डूब गइली सँ.
  • मुजफ्फरपुर के बदनाम अपराधी सूरज राय के गिरफ्तारी का दौरान भइल मुठभेड़ में एसटीएफ के एगो जवान समेत तीन जने घवाहिल हो गइले,

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।