बिहार के खबर

(शनिचर 24 सितम्बर)

  • नीतीश कुमार कहलन कि उनुका के आडवाणी के रथयात्रा के हरी झंडी देखावे के बोलावल गइल बा आ ऊ एकरा खातिर हँकारी भर दिहले बाड़न. रथ यात्रा 11 अक्टूबर के जेपी के गाँव सिताब दियारा से शुरू होखी आ छपरा पटना गया होखत झारखंड में जाई.
  • रोहतास जिला के चुटिया थाना इलाका से काल्हु रात पुलिस दू गो नक्सलियन के गिरफ्तार कर लिहलसि. गिरफ्तार नक्सली यदुनाथपुर के विनोद यादव आ बेलदुरिया के पिंटू यादव हार्डकोर नक्सली बतावल जात बाड़े. ओने औरंगाबाद पुलिस मदनपुर बाजार से नक्सली महेन्द्र यादव के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • पटना से अपहृत दुकानदार नवल किशोर साह के पुलिस कैमूर जिला से रिहा करा लिहलसि. एगो अपहरणकर्ता के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • राज्य सरकार ग्रुप डी के बहाली के नियम बदल दिहले बिया. अब एह ग्रुप में बहाली खातिर मैट्रिक पास होखल जरूरी बना दिहल गइल बा.
  • भोजपुर जिला के तरारी इलाका के बड़का गाँव में अपराधी एगो पनवाड़ी दीनबंधु गुप्ता के गोली मार के हत्या कर दिहले सँ. हत्या काहे भइल एकर पता नइखे चलल.
  • तेरह अक्टूबर के दरौंदा विधान सभा सीट के उपचुनाव खातिर अबही ले तीने गो उम्मीदवार परचा दाखिल कइले बाड़े. एहमें मृत विधायिका जगमातो देवी के पतोहु कविता कुमारी जदयू से, जयनाथ यादव माले से आ निर्दलीय शकुंतला देवी शामिल बाड़ी. छब्बीस तारीख ले परचा दाखिल कइल जा सकेला.
  • कटिहार रेलवे स्टेशन पर सीमांचल एक्सप्रेस के जनरल डिब्बा का शौचालय से शनिचर का दिने एगो युवक के लाश बरामद भइल बा.
  • बिहार में बच्चा चोरी के अफवाह का चलते पूरा राज्य में मेहरारूवन के जान सांसत में पड़ गइल बा. तनिको सन्देह भइला पर लोग जान लेबे पर उतारू हो जात बा.
  • जहानाबाद जिला के मखदुमपुर थाना इलाका में एगो होटल पर छापामार के 75,000 रुपए के जाली नोट का साथे तीन लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *