बिहार के खबर

(सोमार 26 सितम्बर)

  • बिहार में मूसलाधार बरखा का चलते 11 लोग के मौत हो गइल बा.
  • पिछला तीन दिन से होत बरखा का चलते राज्य में फेरु से बाढ़ के हालात बनि गइल बा. छपरा पटना मार्ग पर कई जगहा बाढ़ के पानी बहला का चलते यातायात ठप्प हो गइल बा. कई नदियन के उफनइला का बावजूद हालांकि जल संसाधन विभाग के कहना बा कि सगरी बन्धा सुरक्षित बाड़ी सँ आ कवनो तरह के खतरा नइखे. पटना शहर के कई निचला इलाकन में बरखा के पानी घर में घुस गइल बा आ मुख्य सड़कनो पर पानी जमा हो गइल बा.
  • सिवान जिला के दुरौंधा विधानसभा सीट खातिर होखत उपचुनाव में कुल नौ उम्मीदवार आपन परचा दाखिल कइले बाड़न. काल्हु एह परचा सभ के जाँच होखी आ उनतीस तारीख ले लोग आपन परचा वापिस ले सकेला.
  • कटिहार जिला के बलरामपुर प्रखंड के विकास पदाधिकारी रहल मंजू कुमारी साह के आजु गिरफ्तार कर लिहल गइल. मंजू पर आरोप बा कि ऊ इंदिरा आवास बाँटे में गड़बड़ी कइले रही.
  • पितरपख के काल्हु आखिरी दिन ह, आ गया के अक्षयवट वेदी पर पिंडदान आ शय्या दान का साथे पितरपख मेला खतम हो जाई.
  • सिवान जिला के आंदर थाना के गायघाट गाँव से संतोष कमकर नाम के एगो आदमी के देशी पिस्तौल का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..