बिहार के खबर

(मंगल 27 सितम्बर)

  • राजद नेता रामचंद्र पूर्वे आ पार्टी महासचिव सांसद रामकृपाल यादव के कहना बा कि अगर भाजपा नेता लालकृष्ण आडवाणी के बिहार से प्रस्तावित रथयात्रा से साम्प्रदायिक सद्भाव बिगड़ल त राजद ऊनुका रथ के रोक दी.
  • वैशाली जिला पुलिस छपरा के सांसद उमाशंकर सिंह के घर पर भइल हमला के मुख्य आरोपी संजय राय आ उनुका तीन गो साथियन के आजु मंगल का दिने गिरफ्तार कर लिहलसि. एह हमला में तीन लोग के मौत हो गइल रहे.
  • बिहार के अगिला मुख्य सचिव 1975 बैच के आईएएस अधिकारी नवीन कुमार होखीहें. मौजूदा मुख्य सचिव अनुप मुखर्जी 30 सितम्बर के रिटायर होखत बाड़े.
  • दुरौंदा विधान सभा सीट के उपचुनाव खातिर दाखिल नौवो परचा सही पावल गइल बा. एहमें राजद के परमेश्वर सिंह, कांग्रेस के कालीशरण सिंह, जदयू के कविता कुमारी, भाकपा के जयनाथ यादव, भारतीय एकता दल के बालेन्द्र कुमार राय आ निर्दलीय कामेश्वर प्रसाद अउर मिथिलेश तिवारी शामिल बाड़े.
  • बक्सर आ गमहर स्टेशन का बीच संघमित्रा एक्सप्रेस के इंजन के कपलिंग टूटला का चलते इंजन ट्रेन छोड़ आगा निकल गइल. फेर ओकरा के वापिस ले आ के कपलिंग जोड़ला का बाद ट्रेन के रवाना कइल गइल. एह में केहू घाहिल नइखे भइल.
  • बक्सर जिला परिषद पूर्वी क्षेत्र संख्या आठ के जिला परिषद सदस्य मनोज कुमार सिंह के सदस्यता राज्य चुनाव आयोग रद्द कर दिहलसि.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..